कौन जिलवा से तु अइलु गोरी - भोजपुरी गीत - डॉ॰ रवि भूषण सिन्हा

कौन जिलवा से तु अइलु गोरी - भोजपुरी गीत - डॉ॰ रवि भूषण सिन्हा | Hindi Kavita - Kaun Jilwa Se Tu Ailu Gori
हरी-हरी खेतवा में, देखे तोहे नज़रिया,
हे गोरी,
हमर दिलवा एक सवाल करेला,
अरे, कौन जिलवा से तु अइलु गोरी,
ई दिलवा के बेहाल करेला।

प्यारी-प्यारी नकिया में, सोभत नथुनिया।
नाज़ुक कलईया में, चमकत चूड़ियाँ।
ये हो,
गुलाबी होठंवा में, लुभावत ई ललईया।
कौन बज़रिया से, ख़रीद लईलु,
दिलवा के बेहाल करेला।

हरी-हरी खेतवा में, देखे तोहे नज़रिया,
हे गोरी,
हमर दिलवा एक सवाल करेला,
कौन जिलवा से तु अईलु गोरी,
दिलवा के बेहाल करेला।

घुरी-घुरी होठवा से, दबाबेलु अँगुरिया।
रही-रही देहिया में, आबे अँगड़ईया।
ये हो,
चलत डगरिया में, हिलावेलु कमरिया,
कौन स्कूलवा से, तु सीख अईलु गोरी,
दिलवा के बेहाल करेला।

हरी-हरी खेतवा में, देखे तोहे नज़रिया,
हे गोरी,
हमर दिलवा एक सवाल करेला,
कौन जिलवा से तु अईलू गोरी,
दिलवा के बेहाल करेला।


Instagram पर जुड़ें



साहित्य रचना को YouTube पर Subscribe करें।
देखिए साहित्य से जुड़ी Videos